Letra
(जाहुँ जनि कलकतिया)
दिल्ली, गुजरात, बम्बे, गोवा, चाहे झाझा
जाए के बा त जाहीं रोकब ना ए राजा (रोकब ना ए राजा)
अरे, दिल्ली, गुजरात, बम्बे, गोवा, चाहे झाझा
जाए के बा त जाहीं रोकब ना ए राजा
अंतर-मंतर, जादू-जंतर टोना कसेले
कि पिया मोरा जाहुँ जनि कलकतिया उहाँ सवतिया बसेले
कि पिया मोरा जाहुँ जनि कलकतिया उहाँ सवतिया बसेले
(सवतिया बसेले)
Music by Arya Sharma
(सवतिया बसेले)
बाड़ा तू सीधा-साधा बलमु बेचारा
एक बार के गलती अब करब ना दोबारा
मौका पाके तोहरा में सट जाई हो
भर पाजा धके लिपट जाई हो
दिल के भीतर उ त लेके जहर मीठे-मीठे हँसे ले
कि पिया मोरा जाहुँ जनि कलकतिया उहाँ सवतिया बसेले
कि पिया मोरा जाहुँ जनि कलकतिया उहाँ सवतिया बसेले
(जाहुँ जनि कलकतिया)
हमरा खातिर बाउर बा बंगाल वाला पनिया
लूट लिहि राजा तहार चढ़ली जवनिया
आवे नाहीं देहब तहरा देहि प कलेश हो
बात मान विजय बाटे अर्जी विशेष हो
सपना देखा के, अपना बना के रोजे डसेले
कि पिया मोरा जाहुँ जनि कलकतिया उहाँ सवतिया बसेले
कि पिया मोरा जाहुँ जनि कलकतिया उहाँ सवतिया बसेले
कि पिया मोरा–, कलकतिया उहाँ सवतिया बसेले
कि पिया मोरा–, कलकतिया उहाँ सवतिया बसेले
Written by: Arya Sharma, Vijay Chauhan