Music Video
Music Video
Credits
PERFORMING ARTISTS
Khesari Lal Yadav
Performer
COMPOSITION & LYRICS
Ghunghru
Composer
Pyare Lal Yadav
Songwriter
Lyrics
ममता के अनमोल खजाना कभो न दिल से तेजा
ममता के अनमोल खजाना कभो न दिल से तेजा
धड़केला हरदम बेटा खातिर माई के करेजा
कुहूकेल हरदम बेटा खातिर माई के करेजा
ए भैया आज हम जौन सुनावत तानी
अपना माई से सुनले बानी
की माई के ममता का होला
और बेटा के दिल का होला, सुनी
ध्यान से सुन ल भाई एगो बेटा के कहानी
मनमोहनी के जाल में पड़के कैलस बड़ा नादानी
भैया, जब उ कोढ़ा के लईकी से उ लइका के प्यार हो गइल
त उ का सर्त रखलस, सुनी
हमसे कितना प्यार करेला साबित क के देखाव
काट करेजा माई के हमरा खातिर ले आव
लइका कहलस बस इतना छोटा स बात
प्रिया जाल में फसके तब उ घर मे कमीना आइल
काहे मुह झुराईल तोहर होखब लाल भुकाइल
उ माइ के ममता त देखी
उ माई थाली में खाना परोस के
उ लइका के इंतज़ार में दुवारी प बइठल बड़ी
और कहली का, बाबू
एने ओने के घुमल छोड़ आपन देह सहेज
एने ओने के घुमल छोड़ आपन देह सहेज
कुहूकेल हरदम बेटा खातिर माई के करेजा
धड़केला हरदम बेटा खातिर माई के करेजा
इतना पर भी उ कपूत बइठल माई के पंजरा
खाय लागल खाना, माई हाके लगली अचरा
काहे से की
माई पड़ोसी से पंचा आटा मांग के ले अइली
और चार गो रोटी बनौली
घर मे बेना न रहल
त अचरा के हवा हाक हाक
और ओकरा मुँह में रोटी खियावे लगली
आपन पानी पी के सुत गइली
लेकिन उ बेटा कैलस का
खीच के खंजर सीना में मरलस
उ अपना माई के
काट करेजा ले के चलल
न आइल दरद कसाई के
ठोकर से जब गिरल करेजा
कहलस ममता जागल
हे बचवा कही पैर में तोहर
चोट त नाही लागल
देखी माई के ममता
की उ करेजा सरीर से बाहर आ के भी
अपना बेटा के चिंता करत बा
और उ करेजा से का आवाज आइल
बेटा हो, तोहके चोट कही त न लागल
बेटा हो, तोहके चोट कही त न लागल
और आखरी बार
उ करेजा से का आवाज आवता सुनी
जहवा जाए के बा तोहके जल्दी उठा के लेजा
जहवा जाए के बा तोहके जल्दी उठा के लेजा
कुहूकेल हरदम बेटा खातिर माई के करेजा
कुहूकेल हरदम बेटा खातिर माई के करेजा
देके करेजा कहलस
देख केतना हई दीवाना हम
तोहरा खातिर माई के भी
कैनी आज बेगाना हम
ठोकर मार के कहलस
उलटा कैसन बाड़ लाल हो
हवस के भूख में पड़के
माई के कइल हलाल हो
आज तलाक न देखली
तोहरा जैसन पूत कसाई के
हमर का होखब पापी
जब न भइल अपना माई के
कहिओ तू हमरो के छोड़ब सटकल तोर भेजा
कहिओ तू हमरो के छोड़ब सटकल तोहर भेजा
कुहूकेल हरदम बेटा खातिर माई के करेजा
धड़केला हरदम बेटा खातिर माई के करेजा
Written by: Amarendra Rao Azad, Avinash Jha, Ghunghru, Pyare Lal Yadav